Song Title : Goriya CHand Ke Anjoriya Niyan
Singer : Bharat Shamra
Language : Bhojpuri
गोरिया चाँद के अँजोरिया नियन गोर बाड़ू हो ,
तोहर जोड़ केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो। ....... ……।२
तोहार ओठ चटकार बा गुलाब नियन। .
गाल उगल बा नैना शराबी नियन
गोरी रसवा से भरल पोरे पोर बाड़ू हो
तोहर जोड़ केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो
गोरिया चाँद के अँजोरिया नियन गोर बाड़ू हो ,
तोहर जोर केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो। ………… २
दिल पे बिजली गिरेला जब ताकेलु तू
गोरी हंस के खिरिकिया से झाँकेलु तू
तू ता गमकत बसंती झकझोर बाड़ू हो
तोहर जोड़ केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो
गोरिया चाँद के अँजोरिया नियन गोर बाड़ू हो ,
तोहार जोड़ केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो। …………। २
एह गली तोहरे खातिर आइले हम
तोहरे खातिर त जिनगी गवाईंले हम
गोरी चंचल चकोरी चितचोर बाड़ू हो
तोहार जोड़ केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो
गोरिया चाँद के अँजोरिया नियन गोर बाड़ू हो
तोहार जोर केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो। …………। २
चाल बिगरल बा सावन के कहात नइखे
बिन तोहरा एको पल रहात नइखे
भरत मंजुल के नेहिया के डोर बाड़ू हो
तोहार जोड केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो
गोरिया चाँद के अँजोरिया नियन गोर बाड़ू हो ,
तोहार जोड़ केहु नइखे तू बेजोड़ बाड़ू हो। ............... २
Tag : Bhojpuri Songs Lyrics,Bharat Shamra Songs Lyrics ,Get Bhojpuri Songs Lyrics Here,Goriya Chand Ke Anjoriya Niyan Gor Badu Ho Bhojpuri Songs Lyrics
0 Comments